पाण्डेय कपिल : जयंती पर विशेष
जन्मतिथि : 24 सितम्बर 1930
पुण्यतिथि : 2 नवम्बर 2017
भोजपुरी के भागीरथ, सुप्रसिद्ध साहित्यकार, समर्थवान संपादक , निष्ठावान भोजपुरिया , महान हस्ताक्षर पाण्डेय कपिल जी के जयंती प आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा ।
संछेप में परिचय -
साहित्यिक नाव : पाण्डेय कपिल
पुरा नाव : पाण्डेय कपिलदेव नारायण सिन्हा
घर के नाव : बच्चा पाण्डेय
शिक्षा : एम. ए ( हिन्दी )
शिक्षा संस्थान : काशी हिन्दू विश्वविद्यालय , पटना विश्वविद्यालय , बिहार विश्वविद्यालय
नोकरी : राजभाषा उपनिदेशक
जन्मस्थान : शीतलपुर , पो. शीतलपुर बाजार , वाया - बरेजा , सारन , बिहार
घर-परिवार :
बाबूजी : श्री पाण्डेय जगन्नाथ प्रसाद सिंह ( हिन्दी आ भोजपुरी के कथाकार , निबंध-लेखक , गजलकार )
माई : श्रीमती लालचुन्नी देवी - कुशल शिल्पी
दादा : श्री दामोदर सहाय सिंह ' कविकिंकर' - दिवेदी युग के प्रख्यात कवि-लेखक
परदादा : श्री शिवशंकर सहाय - प्रसिद्ध संगीतज्ञ
छोट भाई : पी चंद्रविनोद , पाण्डेय सुरेंद्र - दुनो लोग सुप्रसिद्ध मुर्तिशिल्पी , मुर्तिकला के प्राध्यापक , भोजपुरी हिन्दी के सुप्रसिद्ध कथाकार-कवि लेखक
प्रकाशित ग्रंथ ( मौलिक ) :
आभास ( हिंदी कविता संग्रह ) ,
फूल और कलियाँ ( बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह ) ,
हीरे के टुकडे ( बालोपयोगी हिंदी कविता संग्रह ) ,
हवा और पानी ( बालोपयोगी हिन्दी कविता संग्रह ) ,
नवीन सुबोध व्याकरण ( हिंदी व्याकरण ) ,
भोर हो गइल ( भोजपुरी कविता संग्रह ) ,
फुलसुंघी ( भोजपुरी उपन्यास ) ,
कह ना सकलीं ( भोजपुरी गजल संग्रह ) ,
जीभ बेचारी का कही ( भोजपुरी दोहा संग्रह ) ,
परिन्दा उड़ान पर ( भोजपुरी गजल संग्रह ) ,
दुनिया के शतरंज बिछल बा ( कविता संग्रह )
प्रकाशित ग्रंथ ( अनूदित ) :
आरा में दो मास ( जान जेम्स हाल्स लिखित ' दू मंथ्स इन आरा इन 1857 ' के हिंदी अनुवाद )
प्रकाशित ग्रंथ ( सम्पादित ) :
नवांजलि ( नौ गो युवा कवियन के हिंदी कविता संग्रह )
सारण्यक ( सारन जिला के बारह वयोवृद्ध कवियन के हिंदी कविता के प्रतिनिधि संकलन )
आचार्य महेंद्र शास्त्री : कृतित्व एवँ व्यक्तित्व ( आचार्य महेंद्र शास्त्री के कृतित्व आ व्यक्तित्व पर विविध लेखकन के 92 गो लेख के , आउर महेंद्र शास्त्री जी के हिन्दी आ भोजपुरी के 175 कवितन के संग्रह )
दसरतन ( विविध लेखकन के लिखल दस गो व्यक्तिपरक निबंध के संग्रह )
योग रामायण ( योगी आत्माराम के लिखल योग-विवेचन )
एक मुठ्ठी लाई ( लघुकथा -संकलन )
भोजपुरी कहानी हाल साल के ( कहानी संकलन )
भोजपुरी सतसई ( दोहा संकलन )
धार के खिलाफ ( भोजपुरी गीत संकलन )
प्रकाशित पत्रिका / स्मारिका ( सम्पादित ) :
हिंदी साप्ताहिक ' हुंकार' के सहायक
हिन्दी साप्ताहिक ' उत्तर बिहार ' में स्तम्भ लेखन
हिन्दी व्यंग्य पत्रिका ' चाणक्य' के सम्पादक मण्डल में
भोजपुरी त्रैमासिक ' उरेह'
भोजपुरी त्रैमासिक ' लोग '
स्मारिका , दसवाँ अधिवेसन , अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
भोजपुरी सम्मेलन पत्रिका , अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
पाण्डेय कपिल जी के लिखल आ संपादित कइल 11 गो किताबिन के भोजपुरी साहित्यांगन के नीचे दिहल लिंक प पढल जा सकेला -
भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के ओर से पाण्डेय कपिल जी प ' स्मृति विशेषांक ' पत्रिका आइल रहे , एह पत्रिका के भोजपुरी साहित्यांगन के एह लिंक पढल जा सकेला -
https://bhojpurisahityangan.com/category/writer/pandeykapil/
पुरस्कार :
भोजपुरी अकादमी पुरस्कार , अभय आनंद पुरस्कार, माधव सिंह पुरस्कार
पाण्डेय कपिल जी के भोजपुरी भाषा आ साहित्य में योगदान जुग जुग ले याद कइल जाई, जब ले भोजपुरी भाषा रही तबले पाण्डेय कपिल जी के नाव रही इहां के भोजपुरी खातिर योगदान के नाव रही ।
आखर परिवार, भोजपुरी भाषा आ साहित्य के महानायक के बेर बेर नमन क रहल बा !